निम्नलिखित अंश के ध्यान से पढ़ीं आ अंश से सम्बन्धित सवाल के सही विकल्प के चिह्नित करीं।
"गरीब भइला ले बढ़ि के दूसर कवनो भारी पाप नइखे । गरीब मेहनत कइके दुनिया के गोहूँ-बासमती खियावत बा, रेसम आ साल-दुसाला ओढ़ाइ के रेल, मोटर, उड़नी जहाजि पर चढ़ावत बा। ओकरा के भरपेट अनाज आ लेवा-गुदरा तक दुलम भइल बा। मालदार लोग नेवार का पलंगरी पर अपने त सुतते बाड़न उनकर कुक्कुर तक दूध-बदाम नंइखे पूछत।"
(1) उपर्युक्त अंश में केकर दुर्दशा के वर्णन बा?
(A) असामाजिक वर्ग के
(B) अमीर वर्ग के
(C) किसान आ मजदूर के
(D) उपर्युक्त में से एक से ज्यादे
(E) उपर्युक्त में से कवनो ना
(2) 'गोहूँ-बासमती' कवन समास ह?
(A) द्वंद्व समास
(B) द्विगु समास
(C) अव्ययीभाव समास
(D) उपर्युक्त में से एक से ज्यादे
(E) उपर्युक्त में से कवनो ना
(3) 'चढ़ाव' शब्द में प्रत्यय बा
(A) चढ़
(B) अव
(C) आव
(D) उपर्युक्त में से एक से ज्यादे
(E) उपर्युक्त में से कवनो ना
(4) "उनकर कुक्कुर तक दूध-बदाम नंइखे पूछत" के का मतलब होला ?
(A) अमीर के कुक्कुर दूध-बदाम पसंद ना करेले
(B) अमीर के जानवर भी ठाट-बाट के जीवन जीएले
(C) अमीर के कुक्कुर दूध-बदाम ना खाले
(D) उपर्युक्त में से एक से ज्यादे
(E) उपर्युक्त में से कवनो ना
(5) उपर्युक्त अंश के मुख्य मन्तव्य का ह?
(A) गरीब लोग गोहूँ आ बासमती उगावेला
(B) गरीब लोग रेशम के कपड़ा बनावेला
(C) गरीबी बहुत कष्टदायक होला
(D) उपर्युक्त में से एक से ज्यादे
(E) उपर्युक्त में से कवनो ना